राहुल गांधी के ट्रैक्टर समेत कांग्रेस के कईगो नेता हिरासत में

दिल्ली पुलिस रणदीप सुरजेवाला, श्रीनिवास बी.वी. जइसन कांग्रेस नेता लोग के हिरासत में ले लेले बिया.

राहुल गांधी के ट्रैक्टर समेत कांग्रेस के कईगो नेता हिरासत में
प्रतीकात्मक तस्वीर

कांग्रेस नेता राहुल गांधी सोमवार के खुब सुर्खियां बटोरले बाड़े. आज जब राहुल गांधी ट्रैक्टर चलाके संसद भवन पहुंचले ह त मीडिया के जमावड़ा उनकरा आगे-पीछे रहल ह. लेकिन दिल्ली पुलिस कुछ देर बाद ही उनकर वो ट्रैक्टर के जब्त कर लेहले बिया जेकरा के ड्राइव करके उ संसद भवन पहुंचल रहले ह.

दरअसल, मॉनसून सत्र के चलते संसद भवन के आसपास के इलाका में धारा 144 लागू रहेला. अइसन में राहुल गंधी बिना कौनो पूर्व सूचना के ये तरह से ट्रैक्टर चलाके संसद भवन पहुंचल रहले ह.

राहुल गांधी त संसद भवन में चल गइले ह, लेकिन बाद में दिल्ली पुलिस रणदीप सुरजेवाला, श्रीनिवास बी.वी. जइसन कांग्रेस नेता लोग के हिरासत में ले लेले बिया. साथ-ही-साथ ट्रैक्टर के भी अपना कब्जा में ले लेले बिया. खबर के मुताबिक, कईगो कांग्रेसी कार्यकर्ता के भी हिरासत में लिहल गइल बा. बतावल जा रहल बा कि कांग्रेस के ओर से ये  प्रदर्शन के इजाजत ना लेहल गइल रहल ह. साथ ही पुलिस के कहनाम बा कि ट्रैक्टर के आगे आ पीछे नंबर प्लेट भी ना रहल ह.