Tokyo Olympics, Badminton: पीवी सिंधु क्वार्टर फाइनल में, मेडल से बस दू कदम बाड़ी दूर
अगर ई दूगो अऊरी मुकाबला जीत लिहन त ईनकर मेडल पक्का हो जाई.

टोक्यो: भारतीय महिला बैडमिंटन खिलाड़ी पीवी सिंधु (PV Sindhu) टोक्यो ओलंपिक (Tokyo Olympics) में अच्छा शुरुआत कईले बाड़ी. सिंधु डेनमार्क के मिया ब्लिचफेल्ट के सीधा गेम में 21-15, 21-13 से हराके क्वार्टर फाइनल में जगह बना लेले बाड़ी. पीवी सिंधु 2016 रियो ओलंपिक में भी सिल्वर मेडल जीतल रहली. ऊ अईसन करे वाली पहिला भारतीय खिलाड़ी बाड़ी. अगर ई दूगो अऊरी मुकाबला जीत लिहन त ईनकर मेडल पक्का हो जाई.
पीवी सिंधु मुकाबला में मिया ब्लिचफेल्ट के खिलाफ अच्छा शुरुआत कईली. पहिला गेम में ई एक समय 11-6 से आगे रहली. एकरा बाद स्कोर 13-10 हो गईल. फेर 16-12 के बाद के स्कोर से डेनमार्क के मिया ब्लिचफेल्ट वापसी कईली अऊर स्कोर 16-15 हो गइल. हालांकि एकरा बाद सिंधु वापसी कईली अऊर पहिला गेम 21-15 से जीत गईली. ई गेम 22 मिनट तक चलल. ये गेम के औसत रैली 14 शॉट के रहल. सिंधु के ओलंपिक में छठा वरीयता मिलल बा.