हे सब ट्रेन में करवले बानी टिकट त ना कर पाएम आज सफर, रेलवे क देले बिया कैंसिल

पूर्व मध्य रेलवे (East Central Railway) विज्ञप्ति जारी क के एकरा बारे में जानकारी देहले बा.

हे सब ट्रेन में करवले बानी टिकट त ना कर पाएम आज सफर, रेलवे क देले बिया कैंसिल
प्रतीकात्मक तस्वीर

अगर राउर ट्रेन से सफर करे के कौनो प्लान बा त ई रउवा खातिर जरूरी खबर बा. इंडियन रेलवे (Indian Railways) कईगो ट्रेन के रद्द (cancelled train) कर देले बा अउर कईगो ट्रेन के रूट्स में बदलाव कइल गइल बा. बता दीं मॉनसून के बारिश के वजह से बिहार में गंगा अउर एकर सगरी सहायक नदी के पानी के स्तर काफी बढ़ गइल बा . एकरे के  ध्यान में रखला के साथे रेलवे ये रूट्स के सब ट्रेन के कैंसिल कर देले बा. पूर्व मध्य रेलवे (East Central Railway) विज्ञप्ति जारी क के एकरा बारे में जानकारी देहले बा.


पूर्व मध्य रेलवे की ओर से जारी कइल गइल विज्ञप्ति के मुताबिक, समस्तीपुर मंडल के दरभंगा-समस्तीपुर रेलखंड के मुक्तापुर-समस्तीपुर स्टेशन (डाउन लाइन) के बीच रेल पुल संख्या 01 के पास भी बाढ़ के पानी काफी तेजी से बढ़त जा रहल बा. ऐसे में सुरक्षा अउर संरक्षा के मद्देनजर ये रेलखंड से गुजरे वाला सगरी  स्पेशल ट्रेन के परिचालन में बदलाव कइल गइल बा.


रउवा के बतावत बानी कि 15 जुलाई 2021 के  कौन-कौन  ट्रेन के कैंसिल कइल गइल बा - (cancelled train list on 15 july 2021)


कैंसिल ट्रेन के लिस्ट

1. 15 जुलाई 2021 के जयनगर से खुले वाली गाड़ी संख्या 03225 जयनगर-राजेंद्रनगर टर्मिनल स्पेशल ट्रेन रद्द  बिया.

2. 15 जुलाई 2021 के  राजेंद्रनगर टर्मिनल से खुले वाली 03226 राजेंद्रनगर टर्मिनल-जयनगर स्पेशल ट्रेन रद्द बिया.

3. 15 जुलाई 2021 के सहरसा से खुले वाली 03227 सहरसा-बरौनी-राजेंद्रनगर टर्मिनल स्पेशल ट्रेन रद्द बिया.

4. 15 जुलाई 2021 के  राजेंद्रनगर टर्मिनल से खुले वाली 03228 राजेंद्रनगर टर्मिनल-बरौनी-सहरसा स्पेशल ट्रेन के परिचालन रद्द बा.

5. 15 जुलाई 2021 के  जयनगर से खुले वाली गाड़ी संख्या 05554 जयनगर-भागलपुर स्पेशल ट्रेन रद्द रही.

6. 15 जुलाई 2021 के  भागलपुर से खुले वाली गाड़ी संख्या 05553 भागलपुर-जयनगर स्पेशल ट्रेन के परिचालन रद्द रही.

7. 15 जुलाई 2021 के  मनिहारी से खुले वाली 05283 मनिहारी-जयनगर स्पेशल ट्रेन के परिचालन रद्द रही.

8. 15 जुलाई 2021 के  जयनगर से खुले वाली 05284 जयनगर-मनिहारी स्पेशल ट्रेन के परिचालन रद्द रही.

9. 15 जुलाई 2021 के  समस्तीपुर से खुले वाली 05589 समस्तीपुर-दरभंगा स्पेशल ट्रेन के परिचालन रद्द रही.

10. 15 जुलाई 2021 के दरभंगा से खुले वाली 05590 दरभंगा-समस्तीपुर स्पेशल ट्रेन के परिचालन रद्द रही .