CLAT Result 2021: कॉमन लॉ एडमिशन टेस्ट के रिजल्ट घोषित, हेंगा करीं चेक
ये परीक्षा के आयोजन देश के 82 शहर में निर्धारित 147 केंद्र पर भईल रहे.

कॉमन लॉ एडमिशन टेस्ट 2021 के रिजल्ट (CLAT Result 2021) घोषित कर दिहल गईल बा. परीक्षा में शामिल अभ्यर्थी आधिकारिक वेबसाइट consortiumofnlus.ac.in पर आपन नतीजा चेक कर सके ले. ये परीक्षा के आयोजन देश भर में विभिन्न केद्र पर 23 जुलाई 2021 के कॉन्सोर्शियम ऑफ नेशनल लॉ यूनिवर्सिटीज के ओर से कईल गईल रहे.
CLAT Result 2021: 147 केंद्र पर भईल रहे परीक्षा
ये परीक्षा के आयोजन देश के 82 शहर में निर्धारित 147 केंद्र पर भईल रहे. परीक्षा ऑफलाइन मोड में भईल रहे. क्लैट परीक्षा 2021 खातिर 70,277 अभ्यर्थी लोग पंजीकरण करवले रहे, जबकि परीक्षा में 62,106 अभ्यर्थी ही शामिल भईले रहे. बता दीं कि यूपी अऊर पीजी दूनू खातिर प्रोविजनल आंसर के पहिले ही जारी कर दिहल गईल रहे.
CLAT Result 2021: ई होई दाखिला के प्रक्रिया
कंसोर्टियम के ओर से जारी नोटिफिकेशन के अनुसार पहिला अलॉटमेंट एक अगस्त 2021 के जारी कईल जाई . जऊन अभ्यर्थी के नाम पहिला लिस्ट में आई उनकरा पास तीनगो विकल्प होई. पहिला विकल्प होई कि ऊ सीट स्वीकार कर लेस. दूसरा विकल्प होई कि एकरा के अपग्रेड करे खातिर अप्लाई करस अऊर तीसरा विकल्प होई की ऊ खुद के एडमिशन प्रोसेस से बाहर कर लेस. अभ्यर्थी यदि आपन सीट ब्लॉक करत बाड़े त एकरा खातिर 50,000 रुपया देवे के पड़ी. अईसन स्टूडेंट के पहिले से चउथा लिस्ट में सीट आवंटित कईल जाई अऊर ऊ जे आपन प्रोविजनल एडमिशन वापस लेवे के चाहत बाड़े, त उनकरा एकरा खातिर 18 अगस्त 2021 के पहिले आपन नाम आवंटित करे के पड़ी.
CLAT Result 2021: हेंगा करीं आपन रिजल्ट चेक
– सबसे पहिले अभ्यर्थी के आधिकारिक वेबसाइट consortiumofnlus.ac.in पर जाए के पड़ी.
– होम पेज पर दिहल गईल नोटिफिकेशन सेक्शन पर जाईं.
– CLAT Result 2021 के लिंक पर क्लिक करीं .
– ईहां रोल नंबर, पंजीकरण संख्या आदि दर्ज करीं.
– अब रिजल्ट राउर स्क्रीन पर आ जाई.
– एकरा के डाउलोड करीं .