बिहार में बाढ़ के कहर, मुजफ्फरपुर में थाना डूब गइल
मालखाना में रखल गाडी अउर अन्य सामान खराब हो रहल बा

बिहार में बाढ़ के कहर थमे के नाम ही नइखे लेत. बूढ़ी गंडक नदी के पानी अभिन खतरा के निशान से ऊपर बह रहल बा। मुजफ्फरपुर के अहियापुर थाना बाढ़ के चपेट में आ गइल बा.
थाना परिसर में बाढ़ के पानी पहुंच गइल बा. मालखाना में रखल गाडी अउर अन्य सामान खराब हो रहल बा. ईहां आए-जाए खातिर पुलिसकर्मी लोग के नाव के सहारा लेवे के पड़ रहल बा. पुलिस अधिकारी लोग के अनुसार, हर साल बाढ़ के पानी थाना में प्रवेश कर जाता, जेकरा के लेके पुलिस विभाग के द्वारा नाव के व्यवस्था करवावल गइल बा. अगर पानी बढ़त बा त थाना के पुराना थाना में शिफ्ट कइल जाई. बाढ़ प्रभावित मुजफ्फरपुर जिला के शहर अउर कईगो ग्रामीण क्षेत्र में श्मशान घाट भी बाढ़ के पानी में डूब गइल बा, जेकरा चलते अंतिम संस्कार में लोग के परेशानी के सामना करे के पड़ रहल बा.