एहि हफ्ता में हो सकेला मोदी कैबिनेट के विस्तार
. जानकारी खातिर बता दी की पीएमओ 8 जुलाई तक के सब बइठक के टाल देले बानी.

PM मोदी आपन मंत्रिपरिषद के एहि सप्ताह विस्तार कर सकत बानी. पीएम के मंत्रिपरिषद में लगभग डेढ़ दर्जन नया मंत्री लोग के शामिल कइल जाए के बात कहल जा रहल बा. ये कवायद के बीच पीएम मोदी के आज यानी मंगलवार के आपन घर पर एगो अहम बइठक होखे वाला बा, जेमे भाजपा चीफ जेपी नड्डा, राजनाथ सिंह, अमित शाह, निर्मला सीतारमण के साथ ही कईगो अन्य शीर्ष मंत्रियन के शामिल होखे के बात कहल जा रहल बा. जानकारी के मुताबिक ई बईठक आज टल गईल बा . जानकारी खातिर बता दी की पीएमओ 8 जुलाई तक के सब बइठक के टाल देले बानी.
रक्षामंत्री राजनाथ सिंह कैबिनेट विस्तार के बारे में पूछला पर कहलहन की अभी ये संबंध में हम कुछ नइखी कह सकत.
#WATCH "I can't comment on it," says Defence Minister Rajnath Singh on being asked about possible Union Cabinet expansion pic.twitter.com/uFLiXixcTw
— ANI (@ANI) July 6, 2021