महिला, बच्चा अउर एलजीबीटीक्यू पर फिल्मावे के पहिले हो जाई सावधान
परिषद सब चैनल के सुनिश्चित कइले बा की टीवी कार्यक्रम में महिला,बच्चा अउर एलजीबीटीक्यू समुदाय के लोग खिलाफ हिंसा के काल्पनिक दृश्य कम से कम होखे

टीवी कार्यक्रम में लिंग के आधार पर हिंसा देखवला के बारे में विस्तार से परामर्श जारी कइला के साथ परिषद सब चैनल के सुनिश्चित कइले बा की टीवी कार्यक्रम में महिला,बच्चा अउर एलजीबीटीक्यू समुदाय के लोग खिलाफ हिंसा के काल्पनिक दृश्य कम से कम होखे, लेकिन ई स्पष्ट होखे की ये तरह के हिंसा अस्वीकार्य बा, अउर एकरा के रोकल जाव. परामर्श में इहो कहल गइल बा की 'बीसीसीसी ए बात पर एकबार फिर जोर देवे के चाहत बा की चैंनल के पटकथा लिखला के टाइम, फिल्मियावे के टाइम अउर सम्पादन के टाइम जरूर सावधानी और एहतियात बरते के पड़ी.