7th Pay Commission: सरकारी कर्मचारी सब के DA में भईल बढ़ोत्तरी, जानीं कौना-कौना राज्य के कर्मचारी सब के सैलरी में होई इजाफा?
राऊर सैलरी केतना बढ़ी ई जाने खातिर रउरा आपन बेसिक सैलरी चेक करे के पड़ी.

नई दिल्ली: केंद्र सरकार केंद्रीय कर्मचारी लोग के महंगाई भत्ता (Dearness Allowance- DA) अऊर महंगाई राहत (DR) के जुलाई महीना के शुरुआत में ही बढ़ावे के ऐलान कर देले बा. एकरा अलावा सरकार केंद्रीय कर्मचारी लोग के हाउस रेंट अलाउंस (HRA) भी बढ़ा देले बा. ई 1 जुलाई से लागू होई यानी जुलाई 2021 से केंद्रीय कर्मचारी लोग के डबल फायदा मिल सकता . ये कदम से केंद्र सरकार के करीब 48.34 लाख कर्मचारी लोग तथा 65.26 लाख पेंशनभोगी लोग के लाभ होई. केंद्र सरकार के नक्शा कदम पर चलत अब ई सब राज्य भी महंगाई भत्ता के बढ़ा देले बिया.
जानीं केतना मिली DA?
राऊर सैलरी केतना बढ़ी ई जाने खातिर रउरा आपन बेसिक सैलरी चेक करे के पड़ी. साथ ही एकरा बाद अपना मौजूदा DA के जांच करीं. फिलहाल ई 17 फीसदी बा जौन DA बहाली के बाद 28% तक जाई. एहीसे मासिक DA 11% बढ़ जाई. केंद्र सरकार के कर्मचारी के डीए 1 जुलाई 2021 से उनकर मूल वेतन के 11% तक बढ़ जाई.