रिलीज हो चुकल बा पवन सिंह के नया भोजपुरी सॉन्ग कुंवार वाला DP, देखीं धांसू वीडियो
यूट्यूब पर पवन सिंह अउर अंकिता सिंह का नया भोजपुरी गाना रिलीज भइल ह, जेकर टाइटल कुंवार वाला DP बा. ई गाना के वीडियो के लोग काफी पसंद कर रहल बा.

भोजपुरी इंडस्ट्री के सुपरस्टार पवन सिंह के एगो नाया गाना यूट्यूब पर रिलीज भइल बा, जेकर नाम बा कुंवार वाला DP. ई भोजपुरी गाना पवन सिंह अउर अंकिता सिंह पर फिल्मावल गइल बा. ई भोजपुरी गाना सोशल मीडिया पर काफी तेजी से वायरल हो रहल बा. रउवा के बता दी की ये गाना के पवन सिंह अउर अंकिता सिंह ही गवले बा लोग अउर गाना के लिरिक्स प्रिंस लिखले बाड़े. फैंस के ई भोजपुरी गाना काफी पसंद आ रहल बा. रउवा भी ये नया भोजपुरी गाना के वीडियो इहा देख सकत बानी. 29 जून के रिलीज भइल ई गाना में पवन सिंह अउर अंकिता सिंह के नोक झोंक रउवा अच्छा लागि.