स्वास्थ्य मंत्रालय स्पष्ट क देले बा कि कौनो भी टीका प्रजनन क्षमता के प्रभावित ना करेला

मंत्रालय स्पष्ट कइले बा कि वैक्सीन लगवावे के बाद महिला आ पुरुष में बांझपन के कौनो वैज्ञानिक सबूत नइखे अउर प्रजनन क्षमता पर एकर कौनो असर ना पड़ेला.

कोरोना वैक्सीन के लेके बांझपन अउर प्रजनन क्षमता के लेके फइलावल जा रहल अफवाह अउर भ्रम के केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय दूर करे के प्रयास कईले बा. मंत्रालय स्पष्ट कइले बा कि वैक्सीन लगवावे के बाद महिला आ पुरुष में बांझपन के कौनो वैज्ञानिक सबूत नइखे अउर प्रजनन क्षमता पर एकर कौनो असर ना पड़ेला. मंत्रालय आम लोग के आश्वस्त कइले बा कि वैक्सीन पूरा तरह से सुरक्षित बा.ई कोरोना के प्रभाव के रोके में सक्षम बा.


अफवाह पर आइल बयान

मंत्रालय के ई बयान मीडिया में आईल वो खबर के लेके बा जौना में कोरोना वैक्सीन के चलते प्रजनन आयु के लोग के बीच बांझपन लेके चिंता जतावल जात रहल ह. मंत्रालय कहले बा कि पिछला कुछ दिन से मीडिया में आईल कुछ खबर में एक तबका में विभिन्न अंधविश्वास अउर मिथक के उजागर कईल गइल बा.


प्रजनन क्षमता ना होला प्रभावित

बयान में कहल गइल बा कि पोलियो अउर खसरा-रूबेला के खिलाफ टीकाकरण अभियान के दौरान भी ये तरह के भ्रामक बात अउर अफवाह फइलावल गइल रहे. मंत्रालय स्पष्ट कइले बा कि उपलब्ध टिका में से कौनो प्रजनन क्षमता के प्रभावित ना करेला काहे की सब टिका के परीक्षण पहिले जानवर अउर बाद में मनुष्य पर कइल जाला ताकि ई पता लगावल जा सके कि एकर कौनो दुष्प्रभाव त नइखे.