नई दिल्ली: सरकारी तेल कंपनी पेट्रोल-डीजल (Petrol-Diesel) के कीमत में आम जनता के आज राहत देले बिया. एक दिन के स्थिरता के बाद आज देश में पेट्रोल अऊर डीजल (Petrol Price todya) सस्ता हो गईल बा. बता दीं की रविवार के भी तेल कंपनी कटौती कईले रहे. उहें, सोमवार के ईंधन के कीमत में कौनो भी तरह के बदलाव देखे के ना मिलल रहे. आज पेट्रोल के कीमत में 15 पईसा प्रति लीटर के कटौती भईल बा. उहे, डीजल के कीमत में भी 15 पईसा प्रति लीटर के राहत मिलल बा. रउवा के बता दीं कि रविवार के दूनू ईंधन के कीमत में 20 पईसा प्रति लीटर के कटौती कईल गईल रहे. IOCL हर दिन सुबह 6 बजे पेट्रोल-डीजल के रेट जारी करेला
पेट्रोल डीजल के भाव (Petrol Diesel Price on 24 August 2021)
>> दिल्ली पेट्रोल 101.49 रुपया अउर डीजल 88.92 रुपया प्रति लीटर
>> मुंबई पेट्रोल 107.52 रुपया अउर डीजल 96.48 रुपया प्रति लीटर
>> चेन्नई पेट्रोल 99.20 रुपया अउर डीजल 93.52 रुपया प्रति लीटर
>> कोलकाता पेट्रोल 101.82 रुपया अउर डीजल 91.98 रुपया प्रति लीटर
>> नोएडा पेट्रोल 98.79 रुपया अउर डीजल 89.49 रुपया प्रति लीटर
>> जयपुर पेट्रोल 108.42 रुपया अउर डीजल 98.06 रुपया प्रति लीटर
>> भोपाल पेट्रोल 109.91 रुपया अउर डीजल 97.72 रुपया प्रति लीटर