मुजफ्फरपुर में दिनदहाड़े बैंक से पौने सात लाख लुटला के बाद लुटेरा सब असलहा लहरावत फरार

असलहा के दम पर करीब पौने सात लाख रुपया (6.80 लाख ) लूट लेहलहसन

बिहार के मुजफ्फरपुर में गुरुवार के मध्यान्ह 12 बजे के करीब भारतीय स्‍टेट बैंक के रेपुरा बाजार शाखा में घुसल छह लुटेरा लोग असलहा के दम पर करीब पौने सात लाख रुपया (6.80 लाख ) लूट लेहलहसन. वारदात के बाद ई लुटेरा लोग के आंख के सामने से असलहां लहरावत अउर  फायरिंग करत  फरार हो गइलहसन. लुटेरा सब दूगो बाइक पर आइल रलहसन.  उ मास्‍क अउर हेलमेट पहिनले रहलहसन.

सूचना पर पहुंची पुलिस  बैंक कर्मी लोग से जानकारी लेवे के बाद बतावल ह कि कैश काउंटर से 6.80 लाख रुपया लूटा गइल बा. बैंक में लूट के ये वारदात के जानकारी तुरंत आसपास के लोग के हो गइल रहलह.